के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल

सर्वभाषा ट्रस्ट कविता के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल
0 Comments

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा

उठल मनवां में केतनी सवाल बदरा।

 

गइलें सुरूज़ देखS पछिम के देसवा

बबुआ के दादी सुनावेली खिसवा

लवटे लगलें मदरसा से  लाल बदरा ।

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा।

 

दफ़तरवा से लवटे लगलें नोकरिहा

होखे लगल पनघट पनिहारिन से खलिहा

नापे चरवहवा  गइयन के चाल बदरा।

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा।

 

लवटेली चारा ले चोंच में चिरइया

उगे लगलीं नभवा में छिटफुट तरइया

माझी खोलेला नइया के पाल बदरा ।

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा।

 

पनिया पर उपराए लगली मछरिया

बकुलन के बहकल निसान से नजरिया

तट पर मछुआ समेटेला जाल बदरा ।

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा।

 

कमलों के फुलवा के छोट भइल मुँहवाँ

बान्ही के किरीनियाँ पहाड़ चढ़ल दिनवाँ

लागल नदियो के ठहरे उछाल बदरा ।

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा।

 

घर घर में दियना के जोति टिमटिमाइल

खेतवन से लवटल किसान सिहराइल

देखS लोगवा जुटेले चउपाल बदरा ।

के हो लिलरा पर छिरकल गुलाल बदरा।

  • दयाशंकर तिवारी

मऊ

Categories:

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Praesent suscipit m5
Lorem ipsum dolor sit amet, consectetur adipiscing elit, sed do eiusmod tempor incididunt ut labore
Praesent suscipit m4
Lorem ipsum dolor sit amet, consectetur adipiscing elit, sed do eiusmod tempor incididunt ut labore
Praesent suscipit m3
Lorem ipsum dolor sit amet, consectetur adipiscing elit, sed do eiusmod tempor incididunt ut labore
Praesent suscipit m2
Lorem ipsum dolor sit amet, consectetur adipiscing elit, sed do eiusmod tempor incididunt ut labore
लोकप्रिय अभिनेता और सांसद रविकिसन को सर्वभाषा सम्मान
कल शाम दिल्ली स्थित सांसद आवास पर गोरखपुर के यशस्वी सांसद एवं जनप्रिय अभिनेता माननीय
फागुन आय गइल
अमराई बउराइलि,कोइली कूंक सुनाय गइल सरहज के मुसुकी का संगही फागुन आय गइल ।  
जय हो गाजियाबाद
  एगो सांसद चार बिधायक मेयर संगे सै गो पार्षद सबके सब आबाद । जय
मुखिया जी ! कमीशन बोला
काहें थुथुन सुजवले हउवा अब त आपन मुँहवाँ खोला। मुखिया जी ! कमीसन बोला॥ 2॥
माथे क अँचरा जोगवलीं
अबहिन ले बहुते निबहली , पिया हो! माथे क अँचरा जोगवलीं।   अँखियन में लेके