आजु 14 सितंबर संझा हिन्दी दिवस का उपलक्ष में “सुभाष वादी समाजवादी पार्टी गाजियाबाद” का कार्यालय पर “हिन्दी: कल आज और कल” पर परिचर्चा आ काव्यगोष्ठी के भव्य आयोजन सम्पन्न भइल, जवना में पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक श्री वास्तव जी समारोह अध्यक्ष रहलें आ अभिनंदन तिवारी जी कार्यक्रम के अध्यक्षता कइलें।प्रमुख वक्ता कवि और लेखक आदरणीय मोहन द्विवेदी जी आ भाई सतेन्द्र यादव जी हिन्दी के स्वतन्त्रता आंदोलन से लेके आज तक का स्थिति पर आपन विचार रखलें। गौतम बुद्ध नगर की कला व संस्कृति प्रकोष्ठ की अध्यक्षा कवयित्री श्रीमती ममता सिंह जी आ गाजियाबाद महानगर कला संस्कृति प्रकोष्ठ के महामंत्री श्रीमती सरोज त्यागी मञ्च्स्थ अतिथि का रूप में भाग लीहल लोग। हिन्दी साहित्यकार साहनी जी के पुस्तक के विमोचन भइल ।
कार्यक्रम के शुरूआत भारत माता के तशवीर पर पुष्प माला अर्पित क के भइल। फेर वंदे मातरम के गायन भइल। ओकरा बाद वक्ता लोग सतेन्द्र यादव जी आ मोहन द्विवेदी के वक्तव्य भइल। कार्यक्रम अध्यक्ष अभिनंदन तिवारी जी हिन्दी के वर्तमान जरूरत पर प्रकाश डलले। ओकरा बाद कवि गोष्ठी का दौर चलल जवना में मुख्यरूप से भाग लीहने आदरणीय मोहन द्विवेदी जी,आदरणीय रवीन्द्र नाथ सिंह जी,ममता सिंह जी,सन्तोष शर्मा जी,पारो चौधरी जी, श्री भगवान पाण्डेय, जे.पी द्विवेदी जी आ सरोज त्यागी ,भूपेन्द्र त्यागी के संगे आउर कई गो आमन्त्रित आ सम्मानित कवि-कवयित्रि लोग आपण प्रस्तुति देहालस। श्रीमती तनुजा द्विवेदी जी अपने मधुर आवाज मे दूगों भोजपुरी गीत गा के सबका मन मोह लीहनी। कार्यक्रम के संचालन भोजपुरी के कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी कइलें।अन्त मे पार्टी अध्यक्ष आदरणीय अशोक श्रीवास्तव जी ने सबका आभार व्यक्त कर कार्यक्रम के समाप्ति की घोषणा कइलें। कार्यक्रम में अनिल सिन्हा,उमेश दीक्षित,सौरभ यादव, अंजलि शर्मा, डॉ रश्मि सिंह सहित करीब 45 श्रोता, वक्ता, कवि, लेखक और आमन्त्रित मित्र लोगन का एह आयोजन के सफल बनवला खातिर सुभाषवादी भारतीय समाजवादी पार्टी हिया से आभारी बाटे।
हिन्दी दिवस समारोह में पुस्तक विमोचन परिचर्चा आ कविता के सरिता बहल

Comments